गुरुवार, 17 नवंबर 2011

सुपवा हसे त हसे चलनियों जेकरे बहत्तर छेद

कांग्रेस क राजकुमार कहला प पांडे जी ऐसे बिगदैलन जैसे लाल रंग देख सांड। कहलन कहो इ सब रहूलवा के राजकुमार कहत हवे इ साला सच्चों में कांग्रेस क नेतागिरी रजवान के ही तरह एक के बाद एक चला आवत हौ। वोमेश बनर्जी ससुर मर गैलन कांग्रेस बना के और ए,ओ हूम त देशवे में नहीं रहलन ,इ अंग्रेजन के बनवल पार्टी क उत्तराधिकारी भी लगभग अंग्रेज बाड़े स। पूरा देशवे भ्रष्ट भील बा केकरा कही लेकिन हाँ इ रहूलवा का चिल्लात हवे अरे सुपवा हसे त हसे चलनियो जेकरा बहत्तर छेद। कहलन ताहू कुछ कहबा की खली हमरे खून सस्ता भील बा इंहां के पीछे जरावे खातिर,हम कहे बाबा,सुपवा हसे त हसे ,चलनियां हसे त फसे।

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें